; paras[X - 1].parentNode.insertBefore(ad1, paras[X]); } if (paras.length > X + 4) { var ad1 = document.createElement('div'); ad1.className = 'ad-auto-insert ad-first'; ad1.innerHTML = ` ; paras[X + 3].parentNode.insertBefore(ad2, paras[X + 4]); } if (isMobile && paras.length > X + 8) { var ad1 = document.createElement('div'); ad1.className = 'ad-auto-insert ad-first'; ad1.innerHTML = ` ; paras[X + 7].parentNode.insertBefore(ad3, paras[X + 8]); } });

Big Breaking News - UPTET

Advertisement

बिहार इंटर परीक्षा | भौतिकी के प्रश्न पत्र वायरल करे वाला 1 शिक्षक समेत 8 लोग गिरफ्तार

बिहार में इंटर परीक्षा के दौरान औरंगाबाद में गुरुवार के भौतिकी के वस्तुनिष्ठ प्रश्न के उत्तर वायरल होखे के मामला में पुलिस एगो गिरोह के 8 सदस्य के गिरफ्तार कईले बिया।
गिरफ्तार लोग में निजी संस्थान के शिक्षक मो. समीर, सोनू कुमार, आलोक कुमार, पंकज कुमार, वीरेंद्र कुमार, बबलू कुमार समेत आठ लोग शामिल बाड़े। ओ लोग के लगे से पुलिस उ मोबाइल फोन जब्त कईले बिया, जवना से सवाल के उत्तर वाट्सएप के मदद से भेजल गईल रहे।
गिरफ्तार युवक के निशानदेही प पुलिस रात में बहुत जगह प छापामारी कईलस। आज सबेरे ए मामला में गिरफ्तार शिक्षक के गिरफ्तारी के विरोध में छात्र-छात्रा लोरिक चौक के लगे एनएच 2 के जाम क प्रदर्शन कईले अवरू उनुका के छोड़े के मांग कईले।
औरंगाबाद के डीएम कंवल तनुज बतवले कि, हमनी के सूचना मिलल रहे कि इहाँ इंटर परीक्षा में कुछ गड़बड़ी होखता। एह प एसपी सत्यप्रकाश से बात कईल गईल अवरू एगो टीम गठित क मामला प निगरानी रखे जाए लागल।
गुरुवार के जईसे मोबाइल से वाट्सएप के मदद से उत्तर भेजे के जानकारी मिलल, तुरंत जांच शुरू हो गईल। जवना वाट्सएप नंबर से उत्तर भेजल जात रहे, ओकरा के ट्रेस क समीर नाम के युवक के गिरफ्तार क लिहल गईल।
समीर पूछताछ में अवरू लोग के नाम बतवले, जवना के आधार प अवरू सात लोग के गिरफ्तार क लिहल गईल। डीएम इहों कहले कि, लगभग 200 लोग के उत्तर भेजे जाए के मामला के खुलासा भईल बा।

UPTET news