बिहार के 'शिक्षक पात्रता परीक्षा' (टीईटी) में सफल शिक्षक के बहाली में
बहुत बड़ स्तर प गड़गड़ी सोझा आवता। मुजफ्फरपुर में भईल ए बहाली में अभी तक
कुल 335 'फर्जी टीईटी शिक्षक' शिक्षा विभाग के पकड़ में आईल बाड़े।
मुजफ्फरपुर के 16 ब्लॉक में से 9 ब्लॉक में भईल बहाली के जांच में 335 फर्जी शिक्षक के जानकारी मिलल, जबकि बाकी के 7 ब्लॉक के जांच के काम अभी चलता। बतावल जाता कि, सबसे जादे फर्जी शिक्षक ज़िला के मीनापुर अवुरी बंदरा ब्लॉक में धराईल बाड़े।
शिक्षा विभाग से मिलल जानकारी के मुताबिक मुजफ्फरपुर के मीनापुर में 145 अवुरी बंदरा में 61 फर्जी शिक्षक धराईल बाड़े, जबकि शिक्षा नियोजन इकाई के ओर से ज़िला के कुल 335 फर्जी शिक्षक में से 196 के खिलाफ अलग-अलग थाना में मामला दर्ज करावल बा।
पुलिस थाना में दर्ज प्राथमिकी के बाद शिक्षा विभाग ए लोग से वेतन के रूप में सरकार से लिहल रकम के वसूली के कार्रवाई शुरू करी। संगही, विभाग संबन्धित ज़िला के शिक्षा अधिकारी के माध्यम से बाकी शिक्षक से दु दिन के भीतर एगो शपथ पत्र के मांग कईले बा।
ए शपथ पत्र में शिक्षक खुद अपना डिग्री अवुरी टीईटी के 'फर्जी ना होखला' के घोषणा करीहे।