; paras[X - 1].parentNode.insertBefore(ad1, paras[X]); } if (paras.length > X + 4) { var ad1 = document.createElement('div'); ad1.className = 'ad-auto-insert ad-first'; ad1.innerHTML = ` ; paras[X + 3].parentNode.insertBefore(ad2, paras[X + 4]); } if (isMobile && paras.length > X + 8) { var ad1 = document.createElement('div'); ad1.className = 'ad-auto-insert ad-first'; ad1.innerHTML = ` ; paras[X + 7].parentNode.insertBefore(ad3, paras[X + 8]); } });

Big Breaking News - UPTET

Advertisement

बिहार बोर्ड कॉपी के जांच में डिजिटल मार्किंग सिस्टम लागू करे के तैयारी कईलस

सीबीएसई के आधार प बिहार बोर्ड कॉपी के जांच में डिजिटल मार्किंग सिस्टम लागू करे के तैयारी में जुटल। बिहार विद्यालय परीक्षा समिति पहीला बेर कंपार्टमेंटल परीक्षा में डिजिटल मार्किंग सिस्टम लागू करी। जदी, इ सफल रहल त मुख्य परीक्षा में लागू कईल जाई।

टॉपर घोटाला के बाद आपन साख बचावे के कोशिश में जुटल बिहार विद्यालय परीक्षा समिति कॉपी के मूल्यांकन के डिजिटलाइज करे के योजना बना रहल बा। बिहार विद्यालय परीक्षा समिति अबकी बेर मैट्रिक अवुरी इंटर के कंपार्टमेंटल परीक्षा में डिजिटल मार्किंग सिस्टम लागू करी। एकरा तहत परीक्षा के बाद परीक्षार्थी के कॉपी के स्कैन कईल जाई।
शिक्षक कंप्यूटर स्क्रीन प ही कॉपी के जांच करिहें। संभावना जतावल जा रहल बा कि डिजिटल मार्किंग सिस्टम लागू होखे से कॉपी के टैंपरिंग ना होखे पाई।
कंपार्टमेंटल परीक्षा में इ प्रयोग सफल रहल त बिहार विद्यालय परीक्षा समिति मुख्य परीक्षा में डिजिटल मार्किंग सिस्टम के लागू करी। कंपार्टमेंटल परीक्षा में मैट्रिक के 4 लाख अवुरी इंटर के अढाई लाख छात्र-छात्रा के परीक्षा देवे के संभावना बा। डिजिटल मार्किंग सिस्टम खाती बोर्ड मूल्यांकन से पहिले शिक्षक के प्रशिक्षण दिही।
Sponsored link : सरकारी नौकरी - Army /Bank /CPSU /Defence /Faculty /Non-teaching /Police /PSC /Special recruitment drive /SSC /Stenographer /Teaching Jobs /Trainee / UPSC

UPTET news