बिहार के इंटर टॉपर्स कांड में मास्टर माइंड बच्चा राय के नेता लोगन से
संबंध होखे के मामला लगातार तूल पकड़ते जाता। सबसे पहिले बच्चा राय के राजद
प्रमुख लालू यादव के करीबी बतावल गईल अवरू उनुका संगे के फोटो अवरू वीडियो
मीडिया में आईल।
एकरा बाद रविवार के उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव, केंद्रीय राज्य मंत्री गिरिराज सिंह के बच्चा राय के संगे फोटो ट्विटर प शेयर कईले।
ए कड़ी में आगे एगो अवरू फोटो वायरल भईल, जेमे बच्चा राय के संगे मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के देखावल गईल बा। फोटो कवनो पुरान कार्यक्रम के ह, जेमे मुख्यमंत्री नीतीश के संगे बच्चा राय लउकतारे।
एहसे पहिले गिरिराज सिंह अवुरी बच्चा राय के फोटो शेयर करत तेजस्वी कहले, "मोदी के पसंदीदा मंत्री (गिरिराज सिंह) ए मामला के आरोपी (बच्चा राय) अवुरी ओकरा पिता के संगे। उ (गिरिराज सिंह) मुख्य आरोपी (बच्चा राय) के बस पार्टनर अवुरी पारिवारिक मित्र हवे।"
ओने मामला में बच्चा राय के गिरफ्तारी अवुरी गिरिराज सिंह के नाम अईला के बाद राजद अपना हमला के तेज़ क देले बिया। राजद दावा कईलस कि, गिरिराज सिंह ए मामला के आरोपी के बिहार में मेडिकल कॉलेज खोलवावे के भरोसा देले रहले।
एकरा से पहिले आज गिरिराज सिंह एही मामला में लालू प्रसाद यादव, नीतीश कुमार अवुरी शिक्षा मंत्री अशोक चौधरी के शामिल होखे आरोप लगावत कहले कि, बिहार के नीतीश सरकार अपना सहयोगी अवुरी मंत्री के बचावे खाती अधिकारी अवुरी कर्मचारी के बलि के बकरा बनावतिया।
गिरिराज सिंह कहले कि, "नीतीश कुमार, विधानसभा चुनाव में 'बिहार में बहार हो नीतीशे कुमार हो' के नारा देले रहले, लेकिन आज बिहार में फर्जी टॉपर के बहार बा।"
एकरा संगही गिरिराज सिंह दावा कईले कि, फर्जी टॉपर कांड के चलते बिहार से बहरी नोकरी करत बिहारी के रोजी-रोटी प सवाल खाड़ा हो गईल बा अवुरी ओ लोग के आपन नोकरी गंवा के एकर कीमत चुकावे के परता।
नीतीश सरकार प इंटर टॉपर मामला के दबावे के आरोप लगावत गिरिराज कहले कि, सरकार सिर्फ जांच का हवाला देतिया, जबकि एकरा पीछे खुद मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, राजद सुप्रीमो लालू यादव अवुरी शिक्षा मंत्री अशोक चौधरी के पूरा हाथ बाटे।
Sponsored link :
सरकारी नौकरी - Army /Bank /CPSU /Defence /Faculty /Non-teaching /Police /PSC /Special recruitment drive /SSC /Stenographer /Teaching Jobs /Trainee / UPSC