; paras[X - 1].parentNode.insertBefore(ad1, paras[X]); } if (paras.length > X + 4) { var ad1 = document.createElement('div'); ad1.className = 'ad-auto-insert ad-first'; ad1.innerHTML = ` ; paras[X + 3].parentNode.insertBefore(ad2, paras[X + 4]); } if (isMobile && paras.length > X + 8) { var ad1 = document.createElement('div'); ad1.className = 'ad-auto-insert ad-first'; ad1.innerHTML = ` ; paras[X + 7].parentNode.insertBefore(ad3, paras[X + 8]); } });

Big Breaking News - UPTET

Advertisement

बिहार में 7 हज़ार मिडिल आ हाई स्कूल खुली, 25 से 30 हज़ार शिक्षक के बहाली हो सकता

बिहार के शिक्षित बेरोजगार अवुरी शिक्षा खाती खुशखबरी। राज्य के नीतीश सरकार बहुत जल्दी राज्य में बड़ पैमाना प शिक्षक के बहाली निकाल सकेले।
संगही स्कूल के कमी से छोटे-छोटे लईकन के पढ़ाई-लिखाई में आवत रुकावट के दूर करे खाती सरकार राज्य के पांच हज़ार से जादे पंचायत में मिडिल स्कूल अवुरी दू हज़ार से जादे पंचायत में हाई स्कूल भी खोले के फैसला कईलस।
शनिवार के बिहार घोषणा कईलस कि राज्य में हरेक एक किलोमीटर के दूरी प प्राइमरी स्कूल, तीन किलोमीटर प मिडिल स्कूल अवुरी पांच किलोमीटर प एगो हाई स्कूल खोलला के बाद अब ओकर लक्ष्य हरेक पंचायत में हाई स्कूल खोले के बाटे।
राज्य विधानसभा में अगिला वित्त वर्ष 2018-19 खाती पेश भईल बजट में शिक्षा विभाग खाती 32,125.63 करोड़ रुपया के बजटीय मांग प चर्चा के बाद सरकार के पक्ष राखत संसदीय कार्यमंत्री श्रवण कुमार कहले कि बिहार के कुल 8,391 पंचायत में से 5,059 पंचायत में मिडिल स्कूल अवुरी 2,200 पंचायत में हाई स्कूल खोलला के बाद सरकार अब हरेक पंचायत में हाई स्कूल खोले के लक्ष्य रखले बिया।
श्रवण कुमार बतवले कि हाई स्कूल के खोले में आवत रुकावट के दूर करे खाती सरकार जमीन के मापदंड में भी बदलाव कईले बिया। उ कहले कि पहिले हाई स्कूल खोले खाती कम से कम एक एकड़ जमीन जरूरी रहे, जवना के अब पौने एक (0.75) एकड़ क दिहल बा।
अब जबकि बिहार सरकार राज्य के लगभग हरेक पंचायत में हाई स्कूल चाहे मिडिल स्कूल खोले के फैसला क लेले बिया त तय बा कि एकरा से जहां एक ओर छात्र-छात्रा के सुविधा होई, उहें दोसरा ओर ए स्कूल खाती शिक्षक के भी जरूरत पड़ी।
लेकिन एगो चिंता भी बा कि पहिलही से शिक्षक के कमी के मार सहत बिहार में ए नयका स्कूलन के हाल भी पूरनके स्कूलन जईसन मत होखे। मिडिल अवुरी हाई स्कूल मिलाके करीब 7,000 नया स्कूल खाती शिक्षक के भरपाई खाती कम से कम 25-30 हज़ार शिक्षक के जरूरत होई।
अयीसना में पुरजोर संभावना बा कि सरकार शिक्षक के कमी के पूरा करे खाती बहुत बड़ स्तर प बहाली निकाली।

UPTET news