Advertisement

शिक्षक से जुड़ल संघ मानव श्रृंखला के विरोध करी, कांग्रेस मानव श्रृंखला के औचित्यहीन बतवलस

बिहार राज्य कर्मचारी महासंघ से संबद्ध टीइटी शिक्षक संघ (टीएसएस) मुख्यमंत्री आ शिक्षा विभाग के प्रधान सचिव के चिट्ठी सौंप के 21 जनवरी के आयोजित मानव शृंखला के बहिष्कार करे के घोषणा कईलस। चिट्ठी में कहल गईल बा कि राज्य के डेढ़ लाख टीइटी शिक्षक राज्य सरकार के नीति से परेशान बाड़े।

उनुकर कहनाम बा कि सामाजिक स्तर प दहेज आ बाल विवाह उन्मूलन अभियान के समर्थन करत रहिहे, लेकिन मानव शृंखला के बहिष्कार करीहे। चिट्ठी में बीआरपी आ सीआरसीसी के बहाली से जुडल अनुभव के पहिले निहन 3 साल करत कार्यकुशल टीइटी शिक्षक के मौका देवे, छव महीना से लंबित वेतन के जल्दी भुगतान करे समेत बाकी मांग कईल बा।
चिट्ठी सौंपे वाला में संघ के प्रदेश सचिव रंजन कुमार आ कार्यकारिणी सदस्य अजय कुमार शामिल रहले। दूसरा ओर भारतीय मजदूर संघ से संबद्ध टीइटी शिक्षक संघ (टीएसएस) शिक्षा विभाग के प्रधान सचिव से मिल के चिट्ठी सौंप के जानकारी देले। संगही बराबर काम खाती बराबर वेतन समेत बाकी मांग के बारे में जानकारी देत जल्दी से जल्दी पूरा करे के मांग कईले।
ऊहें, बिहार कांग्रेस कमेटी के प्रभारी अध्यक्ष कौकब कादरी बिहार में 21 जनवरी के जदयू के मानव श्रृंखला के औचित्यहीन बतवले। संगही कहले कि पार्टी मानव शृंखला से अलग रही। उ कहले कि मानव श्रृंखला खाती लोग में उत्साह नईखे। लोग ठंड से परेशान बाड़े लेकिन सरकार ना त अलाव के वयवस्था कईलस नाही कंबल के व्यवस्था कईलस। ए चलते जनता खिसियाइल बिया। अयीसना में मानव श्रृंखला बनवला के कवनो मतलब नईखे बनत।
कौकब कादरी कहले कि अधिकारी के ओर से शिक्षक अवुरी बच्चा प दबाव देके मानव श्रृंखला में शामिल में होखे खाती कहल जाता। जवना मुद्दा खाती मानव श्रृंखला बने के बा ओ कुरीति के दूर करे खाती पहिले से जागरूकता चलत आवता। बिहार में मूल समस्या से जनता के ध्यान भटकावे खाती ए तरह के आयोजन होखता।
मुख्य सचिव अंजनी कुमार सिंह कहले कि शराबबंदी के समर्थन में बोलाई गईल मानव शृंखला में पछिला बेर 4 करोड़ से जादे लोग जुटल रहले। अबकी बेर मानव शृंखला नया कीर्तिमान रची। कवनों एक अभियान में जब चार करोड़ से जादे लोग शामिल भईल रहले त मात्र कुछ लोग के विरोध के कवनो मतलब नईखे।
जदयू के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह कहले कि मानव शृंखला में जदयू के 40 लाख से जादे सदस्य शामिल होईहे। पार्टी के एक लाख 55 हजार सक्रिय सदस्य जनता के बीच जाके भागीदारी सुनिश्चित क लेले बाड़े। पांच करोड़ से जादे लोग एकरा में शामिल होके सामाजिक सुधार अभियान के पूरा देश में मुद्दा बनईहे।

UPTET news

Blogger templates