Advertisement

बिहार में नियोजत शिक्षक के वेतन खाती 624 करोड़ रुपया जारी

बिहार के नियोजत शिक्षक के एक महीना के वेतन के भुगतान खाती शुक्रवार के शिक्षा परियोजना परिषद 624 करोड़ रुपया के राशि जारी क देलस। जवना से शिक्षक के बीच खुशी माहौल बन गईल। बतावल जात कि बिहार के साढ़े तीन लाख नियोजित शिक्षक के वेतन के रास्ता साफ हो गईल।

नियोजित शिक्षक के वेतन भुगतान खाती केंद्र सरकार बिहार के सर्वशिक्षा अभियान मद के पहिला किस्त के राशि जारी क देले रहे। पहिला किस्त के रूप में 1,031 करोड़ रुपया जारी भईल बा। ए राशि से नियोजित शिक्षक के मई से जुलाई तक के वेतन दिहल जा सकता।
बिहार शिक्षा परियोजना परिषद से मिलल जानकारी के मुताबिक केंद्र सरकार वित्तीय वर्ष 2017-18 में सर्वशिक्षा अभियान मद से बिहार खाती दस हजार पांच सौ करोड़ रुपया के राशि मंजूर कईले रहे। अप्रैल महीना में ए राशि में से बिहार सरकार के 849 करोड़ रुपया दिहल गईल रहे। ए राशि से नियोजित शिक्षक के मार्च अवुरी अप्रैल महीना के वेतन दिहल गईल रहे।

UPTET news

Blogger templates