बिहार में 1803 शिक्षक नकली सर्टिफिकेट संगे नोकरी करत धरईले : बिहार शिक्षक नियोजन Latest Updates

पटना - बिहार के कटिहार में शिक्षक भर्ती में गड़बड़ी के मामला सोझा आईल बा। इहाँ हजारन के संख्या में फर्जी सर्टिफिकेट प शिक्षक भर्ती भईल बाड़े।
कटिहार के अलग-अलग ब्लॉक में 2003 से 2010 के बीच भईल भर्ती में 1803 शिक्षक लोगन के सर्टिफिकेट फर्जी मिलल बाटे। फर्जी सर्टिफिकेट में दर्ज संस्थान में काशी विद्यापीठ अवुरी महाराष्ट्र के कुछ संस्थान प्रमुख बाड़े।
नकली सर्टिफिकेट के धरईला के बाद राज्य के शिक्षा विभाग ए सभ (1803) शिक्षक के खिलाफ विभागीय कारवाई के आदेश दे देले बा। ए सभ लोग से अभी तक राज्य सरकार से वेतन के रूप में लिहल पईसा के वसूली के आदेश भी दे दिहल बाटे।

मालूम रहे कि, कटिहार में फर्जी सर्टिफिकेट प नोकरी करत धराईल 1803 शिक्षक अभी तक राज्य सरकार से करीब 3.5 करोड़ रुपया वेतन के रूप में ले चुकल बाड़े।
जादातर शिक्षक के एक दु संस्थान के सर्टिफिकेट होखे से एकरा में संगठित गिरोह के शामिल होखे के संभावना से भी इंकार नईखे कईल जा सकत। ओने, ए मामला में धराईल जादातर शिक्षक के भर्ती फलका, कुरसेला, बरारी, मनिहारी, कदवा, प्राणपुर कोढ़ा अवुरी बारसोई में भईल बा।
चुकी सभकुछ बहुत नजदीकी बा एहसे राज्य सरकार एकर आगे जांच करावे के भी मन बनावत बिया।
ओने, शिक्षा विभाग के डीपीओ वीरेंद्र नारायण यादव कहले कि, सर्टिफिकेट के जांच के जिम्मेवारी भर्ती करेवाला लोगन के होखेला। अगर नकली सर्टिफिकेट प लोग भर्ती भईल बाड़े त विभागीय कारवाई के अलावे पुलिस केस भी दर्ज करावल जाई।
इहाँ इ जानल भी जरूरी बा कि, अभी सिर्फ कुछ ब्लॉक अवुरी कुछ एक साल के मामला के ही जांच भईल बाटे। एहसे जब मामला के जांच आगे बढ़ी त अवुरी लोग प भी गाज़ गिरे के संभावना बाटे। फिलहाल, 1803 शिक्षक के नोकरी गईल त तय बा, अवुरी अयीसन खबर के सार्वजनिक भईला के बाद से फर्जी सर्टिफिकेट प नोकरी करेवाला अवुरी लोग में हड़कंप मचल भी तय बाटे।


सरकारी नौकरी - Government Jobs - Current Opening All Exams Preparations , Strategy , Books , Witten test , Interview , How to Prepare & other details

Recent Articles


teacher recruitment , primary teacher vacancy , samvida shikshak , shikshak bharti , shikshak shikshak , atithi shikshak , shikshak bharti 2019 , shikshak bharti news today , shikshak bharti application , pavitra portal shikshak bharti 2019 , shikshak bharti merit list , shikshak bharti qualification , prathmik shikshak bharti , sahayak adhyapak bharti 2019 , sahayak adhyapak bharti pariksha 2019 , sahayak adhyapak bharti news , sahayak adhyapak bharti latest news , 12460 sahayak adhyapak bharti counselling , sahayak adhyapak bharti news today