बिहार : नाबालिग छात्रा के संगे गुरु जी होटल से गिरफ्तार भईले

कोचिंग चलावे वाला शिक्षक अवरू एगो नाबालिग छात्रा के प्यार एतना परवान चढ़ गईल कि दुनो जने भाग के बियाह क लेले अवरू एगो होटल में पति-पत्नी बनके रहे लगले। छात्रा के माता-पिता बेटी के अपहरण के एफआइआर दर्ज करवले रहले। पुलिस होटल में छापामारी क दुनो जने के पकड़ लिहलस।

गिरफ्तार शिक्षक कहले कि, छात्रा हमरा से बहुत प्यार करेली अवरू धमकी देले रहली कि बियाह ना कईला प उ आपन जान दे दिहे। एही डर से हम उनुकर जान बचावे खाती पटना ले जाके मंदिर में बियाह क लेनी।
छात्रा कोचिंग में इंटर के परीक्षा के तैयारी करत रहली ह। एही बीच दुनो जने के एक दूसरा से प्यार हो गईल। दुनो जने घर से भाग के बियाह क लेले अवरू पति-पत्नी नीहन होटल में रहत रहले।
घटना बिहार के नालंदा जिला के ह, जहवां नाबालिग किशोरी के परिजन आरोप लगवले रहले कि, धनेश्वर घाट स्थित कोचिंग के संचालक अमोध कुमार छात्रा के 20 जनवरी के अपहरण क लेले रहले। छात्रा के परिजन के ओर से अपहरण के एफआईआर दर्ज करावल गईल रहे। प्राथमिकी के आधार प पुलिस हरकरत में आईल अवरू अमोध सरकार के गिरफ्तार क लिहलस।
नाबालिग छात्रा के अपहरण करे वाला शिक्षक अमोध सरकार के नालंदा पुलिस पटना के होटल अजीत से गिरफ्तार क जेल भेज दिहलस। ओहि होटल के कमरा से छात्रा के पुलिस बरामद कईलस। लईकी के घरवाला शिक्षक के खिलाफ अपहरण के मुकदमा दर्ज करवले रहले।
एने, छात्रा शिक्षक के खिलाफ कोर्ट में बयान देके उनुका के जेल भेजवा देली। छात्रा के आरोप बा कि, शिक्षक अमोध सरकार उनुका के बहला फुसला के अपना प्रेम जाल में फंसा के उनुकर अपहरण क लेले रहले। 

Recent Articles


teacher recruitment , primary teacher vacancy , samvida shikshak , shikshak bharti , shikshak shikshak , atithi shikshak , shikshak bharti 2019 , shikshak bharti news today , shikshak bharti application , pavitra portal shikshak bharti 2019 , shikshak bharti merit list , shikshak bharti qualification , prathmik shikshak bharti , sahayak adhyapak bharti 2019 , sahayak adhyapak bharti pariksha 2019 , sahayak adhyapak bharti news , sahayak adhyapak bharti latest news , 12460 sahayak adhyapak bharti counselling , sahayak adhyapak bharti news today