Advertisement

नीतीश सरकार लगे ना त विश्वविद्यालय खाती जमीन बा, ना शिक्षक के वेतन देवे भर पईसा : मोदी

बिहार में प्रस्तावीत केन्द्रीय विश्वविद्यालय, केंद्रीय विद्यालय अवुरी राज्य के शिक्षा व्यवस्था से जुडल मुद्दा के उठावत भाजपा के वरिष्ठ नेता सुशील कुमार मोदी कहले कि, मुख्यमंत्री अब कहतारे कि विक्रमशिला विश्वविद्यालय शुरू होखे के चाही, जबकि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ओर से बिहार के दिहल एक लाख 65 हजार करोड़ रुपया के पैकेज में विक्रमशिला केंद्रीय विश्वविद्यालय के स्थापना करे के घोषणा हो चुकल बा।

मोदी कहले कि, केंद्र सरकार विक्रमशिला विश्वविद्यालय के स्थापना खाती 500 करोड़ रुपया के बजट जारी क चुकल बिया अवुरी 8 से 10 महीना में एक दर्जन से जादे बार ए ऐतिहासिक विश्वविद्यालय के आसपास 500 एकड़ जमीन देवे के मांग क चुकल बिया।
राज्य के नीतीश सरकार प विक्रमशिला विश्वविद्यालय खाती जमीन ना देवे अवुरी ए मामला में चुप्पी साधे के आरोप लगावत मोदी कहले कि, नीतीश कुमार सरकार लगे ना त केंद्रीय विश्वविद्यालय अवुरी केंद्रीय विश्वविद्यालय खाती जमीन बा, ना शिक्षक के वेतन देवे भर पईसा बा। उ कहले कि राज्य के लाखों शिक्षक पछिला 6 महीना से अपना वेतन के बाट जोहतारे, लेकिन राज्य सरकार लगे ओतनो पईसा नईखे कि उ वेतन देवे।
मोदी कहले कि, विक्रमशिला विश्वविद्यालय नीहन मोतीहारी में बनेवाला महात्मा गांधी केंद्रीय विश्वविद्यालय खाती राज्य सरकार अभी तक जमीन नईखे देले, जबकि एकर मांग चार साल से कईल जाता। जमीन ना मिलला के चलते आज इ विश्वविद्यालय भाड़ा के मकान में चलता।
नीतीश सरकार प शिक्षा अवुरी शिक्षक के पूरा तरीका से अनदेखी करे के आरोप लगावत सुशील कुमार मोदी कहले कि राज्य सरकार के आर्थिक हालत एतना खराब हो चुकल बा कि ओकरा लगे शिक्षक के वेतन देवे तक के पईसा नईखे। मोदी दावा कईले कि पछिला 6 महीना से राज्य के लाखों शिक्षक के वेतन नईखे मिलल। शराबबंदी के बाद हालत अवुरी खराब हो चुकल बा।
भाजपा नेता कहले कि, लाखों शिक्षक अयीसन बाड़े जीनिकर अंतिम वेतन ए साल होली के मौका प मिलल रहे। अब लगता कि सरकार अगिला वेतन दशहरा के मौका प दिही।
उ कहले कि राज्य सरकार ना त विश्वविद्यालय खाती जमीन देतीया, ना स्कूल खाती, ना एकरा लगे शिक्षक के वेतन देवे भर के पईसा बा, अयीसन हालत राज्य के शिक्षा व्यवस्था के समझे खाती बहुत बा।
मोदी दावा कईले कि लखीसराय, बक्सर, मोतिहारी, सीवान, बांका, छपरा, पूर्णिया अवुरी गोपालगंज में बनेवाला केंद्रीय विद्यालय खाती पहिले से तय जमीन अभी तक केंद्रीय विद्यालय संगठन के नईखे मिलल, जबकि हाजीपुर, दरभंगा, बरौनी, औरंगाबाद अवुरी महराजगंज में बनेवाला केन्द्रीय विद्यालय खाती त अभी तक जमीन के पहचान तक नईखे भईल।
भाजपा नेता कहले कि, विक्रमशिला विश्वविद्यालय समेत केंद्रीय विश्वविद्यालय अवुरी केंद्रीय विद्यालय के जमीन ना देवे के पीछा त नीतीश के मन में समाईल डर बा। नीतीश के मन में डर बा कि, जदी ए सभ खाती जमीन दे दिहल जाई अवुरी इ सभ शुरू हो जाई त एकर श्रेय प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मिली, जवन कि कवनो कीमत प नीतीश के बर्दाश्त नईखे हो सकत।
Sponsored link : सरकारी नौकरी - Army /Bank /CPSU /Defence /Faculty /Non-teaching /Police /PSC /Special recruitment drive /SSC /Stenographer /Teaching Jobs /Trainee / UPSC

UPTET news

Blogger templates