भाजपा नेता सुशील कुमार मोदी के ओर से उठावल शिक्षक वेतन, केंद्रीय
विश्वविद्यालय अवुरी केंद्रीय विद्यालय के मुद्दा प जवाब देत जदयू प्रवक्ता
संजय सिंह कहले कि, नीतीश सरकार शिक्षा अवुरी शिक्षक के मामला में तत्पर
बिया अवुरी जल्दीए ए मामला के निपटारा हो जाई।
शिक्षक के वेतन ना मिले से जुडल सवाल प संजय सिंह कहले कि, सरकार के ओर से रकम जारी होखला के सात दिन के भीतर तमाम नियोजित शिक्षक के खाता में वेतन पहुँच जाई। जदी अयीसन नईखे होखत त संबंधित जिला के कार्यक्रम पदाधिकारी के खिलाफ अनुशासनात्मक कार्रवाई होई।
जदयू प्रवक्ता के इ बयान मोदी के ओ बयान के बाद आईल, जवना में मोदी दावा कईले रहले कि राज्य के लाखों शिक्षक के पछिला 6 महीना से वेतन नईखे मिलल।
विक्रमशिला विश्वविद्यालय के मुद्दा प दिहल सुशील मोदी के बयान के जवाब देत जदयू नेता अवुरी विधान पार्षद संजय सिंह कहले कि, जवना नालंदा विश्वविद्यालय के विदेशी आक्रमणकारी खंडहर बना चुकल रहले, ओकरा के नीतीश कुमार फेर से खड़ा कईले। सुशील मोदी के देखल चाहत रहे कि उहाँ पढ़ाई होखता आ नालंदा अंतरराष्ट्रीय विश्वविद्यालय के नाम अब फेर से पूरा दुनिया में सुनाई देता।
संजय सिंह कहले कि मुख्यमंत्री साफ क चुकल बाड़े कि बहुत जल्दी विक्रमशिला केंद्रीय विश्वविद्यालय समेत तमाम केंद्रीय विश्वविद्यालय अवुरी केंद्रीय विद्यालय खाती जमीन दे दिहल जाई। एकरा खाती मुख्यमंत्री के ओर से प्रशासन खाती निर्देश तक जारी हो चुकल बा।
जदयू प्रवक्ता सवाल के अंदाज़ में केंद्र सरकार अवुरी भाजपा के दोहरा चरित्र अपनावे के आरोप लगावत कहले, "जमीन त मिल जाई, जहां-जहां मिल गईल बा, उहाँ-उहाँ दिहलो जाता, लेकिन मोदी के बतावे के चाही कि केंद्र सरकार ए जमीन प विश्वविद्यालय के बिल्डिंग बनावे खाती पईसा कब दिही?"
संजय कहले कि, नीतीश सरकार शिक्षा के क्षेत्र में सबसे जादे ध्यान देतीया। सरकार एकरा खाती अलग-अलग बजट तय कईले बिया, जवना में मेडिकल कॉलेज से लेके नर्सिंग संस्थान, पेशेवर शिक्षा अवुरी परंपरागत शिक्षा के बराबर महत्व दिहल बा।
उ कहले कि, सूचना तकनीक के बढ़ावा देवे खाती राज्य के नीतीश सरकार राजगीर में नालंदा अंतरराष्ट्रीय विश्वविद्यालय के नजदीक आइटी सिटी बनावे के योजन बना चुकल बिया। ए योजना में 200 एकड़ जमीन सूचना तकनीक क्षेत्र के कारोबारी लोग के उप्लबध करावे के प्रावधान बा। संगही, बिहटा के आइआइटी के लगे 50 एकड़ जमीन भी सूचना तकनीक क्षेत्र के उपलब्ध करावे के व्यवस्था क दिहल बा।
Sponsored link : सरकारी नौकरी - Army /Bank /CPSU /Defence /Faculty /Non-teaching /Police /PSC /Special recruitment drive /SSC /Stenographer /Teaching Jobs /Trainee / UPSC