Advertisement

बिहार के आठ शिक्षक के राष्ट्रपति पुरस्कार से सम्मानित कईल जाई

बिहार के आठ शिक्षक के शिक्षक दिवस के मौका प राष्ट्रपति पुरस्कार से सम्मानित कईल जाई। पांच सितंबर के नयी दिल्ली के विज्ञान भवन में होखेवाला एगो समारोह में खुद राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी ए आठों लोग के सम्मानित करीहे।

बिहार सरकार के ओर से भेजल 16 शिक्षक के नाम में आठ के नाम प केंद्रीय मानव संसाधन विकास मंत्रालय के ओर से राष्ट्रीय पुरस्कार खाती मंजूरी मिल गईल बा। राष्ट्रपति पुरस्कार पावे वाला आठ लोग में से प्राथमिक विद्यालय के पांच अवुरी माध्यमिक के तीन शिक्षक शामिल बाड़े।
केंद्रीय मानव संसाधन विकास मंत्रालय से राष्ट्रपति पुरस्कार खाती मंजूरी पावे वाला आठ शिक्षक में दारोगा प्रसाद राय प्लस टू हाईस्कूल, सरिस्ताबाद के शिक्षिका डॉ मीना कुमारी के नाम शामिल बा। मीना कुमार समेत बाकी के सात लोग के केंद्रीय मानव संसाधन विकास मंत्रालय तीन सितम्बर के दिल्ली में रिपोर्ट करे के कहले बा।
मालूम रहे कि देश भर में 5 सितंबर के शिक्षक दिवस मनावल जाला अवुरी एही दिन देश भर चुनाईल शिक्षक लोगन के राष्ट्रपति सम्मानित करीहे।
विज्ञान भवन में पांच सितंबर के होखेवाला ए कार्यक्रम में राष्ट्रपति पुरस्कार से सम्मानित होखेवाला शिक्षक के सम्मान के रूप में चांदी के एगो मेडल, 50 हजार रुपया के चेक, सर्टिफिकेट अवुरी एगो शाल दीहल जाई।
एकरा से पहिले ए पुरस्कार के राशि 25 हजार रहे, जवना के अबकी साल बढ़ा के 50 हजार रुपया क दिहल बा।
राष्ट्रपति पुरस्कार पावे वाला बिहार के आठों शिक्षक के सूची

  1. डॉक्टर मीना कुमारी, दारोगा प्रसाद राय प्लस टू हाई स्कूल, सरिस्ताबाद, पटना (सहायक शिक्षिका)
  2. प्राण मोहन झा, महेंद्रपुर पूर्णिया (प्रभारी प्राचार्य)
  3. राज किशोर रावत, सीतामढ़ी (प्रभारी प्रधानाचार्य)
  4. डॉक्टर जगदीश प्रसाद गुप्ता, प्लस टू सर्वोदय हाई स्कूल, दरभंगा (प्रधानाचार्य)
  5. सारंगधर सिंह, उत्क्रमित मध्य विद्यालय, सारण (प्रभारी प्रधानाचार्य)
  6. कृष्ण उपाध्याय, राजकीय कन्या मध्य विद्यालय, पूर्वी चंपारण (सेवा निर्वित प्रधानाचार्य)
  7. विजय दुबे, उत्क्रमित कन्या उच्च विद्यालय, सारण (सहायक शिक्षक)
  8. डॉक्टर जवाहरलाल देव, गांधी हाई स्कूल, कटिहार (प्रभारी प्रधानाचार्य)
Sponsored link : सरकारी नौकरी - Army /Bank /CPSU /Defence /Faculty /Non-teaching /Police /PSC /Special recruitment drive /SSC /Stenographer /Teaching Jobs /Trainee / UPSC

UPTET news

Blogger templates