बिहार के पूर्व मंत्री अवुरी रालोसपा के
राष्ट्रीय उपाध्यक्ष कहले कि रालोसपा इ मानतिया कि हाईकोर्ट के आदेश के
सम्मान करत बिहार सरकार के नियोजित शिक्षक के बराबर काम खाती बराबर वेतन
देवे के चाही। उ कहले कि सरकार के सुप्रीम कोर्ट ना जाके अलग रास्ता निकाले
के चाही।
भगवान कुशवाहा कहले कि रालोसपा अब दु साल पहिले वाली रालोसपा नईखे रहल, बालुक अब इ अपना के हरेक चुनौती के सामना करेवाली पार्टी के रूप में खुद के विकसित किईले बिया।
उ कहले कि बिहार में एनडीए के सरकार बिया, जवना में पांच घटक बड़े। सभके बराबर भागीदारी मिले के चाही। उ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से निहोरा कईले कि रालोसपा के हिस्सेदार निहन समझस अवुरी सरकार में शामिल करस।
रालोसपा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष कहले कि एनडीए के सरकार बने से देश के बहुत मजबूती मिलल बा। गुजरात के चुनाव में रालोसपा पूरा तरह से भाजपा के संगे बिया जबकि जदयू के ओर से उहां प आपन उम्मीदवार खड़ा कईल जाता, एकरा से विपक्ष के बिना मतलब के मुद्दा मिल गईल बा। उ जदयू से निहोरा करीहे कि गुजरात में आपन उम्मीदवार मत खड़ा करे आ एनडीए के मजबूत करे खाती भाजपा के साथ देवे।
भगवान सिंह कुशवाहा जदयू-राजद में चलत जबानी जंग प कहले कि दुनों पार्टी के नेता सास-पतोह निहन लड़तारे। उ कहले कि नेता के निजी आलोचना से बाचे के चाही, नीति के आलोचना होखे के चाही।
तेजप्रताप यादव के ओर से बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी के घर में घुस के मारे के धमकी प भगवान कुशवाहा कहले कि तेजप्रताप यादव के बोले के आदत ह, उनुका आदत में सुधार नईखे हो सकत। अयीसना लोग के बयान के नोटिस ना करे के चाही।