; paras[X - 1].parentNode.insertBefore(ad1, paras[X]); } if (paras.length > X + 4) { var ad1 = document.createElement('div'); ad1.className = 'ad-auto-insert ad-first'; ad1.innerHTML = ` ; paras[X + 3].parentNode.insertBefore(ad2, paras[X + 4]); } if (isMobile && paras.length > X + 8) { var ad1 = document.createElement('div'); ad1.className = 'ad-auto-insert ad-first'; ad1.innerHTML = ` ; paras[X + 7].parentNode.insertBefore(ad3, paras[X + 8]); } });

Big Breaking News - UPTET

Advertisement

बिहार में चार हजार अतिथि शिक्षक के बहाली होई, शिक्षा विभाग तैयारी शुरू कईलस

बिहार सरकार स्कूल में शिक्षक के कमी के दूर करे खाती जल्दिए अतिथि शिक्षक के बहाली करी। शिक्षा मंत्री कृष्णनंदन वर्मा कहले कि पहिला चरण में चार हजार अनुभवी अतिथि शिक्षक के बहाली होई। जवना खाती शिक्षा विभाग तैयारी शुरू क देले बिया।

राजधानी समेत राज्यभर में माध्यमिक शिक्षा के तहत राजकीय, राजकीयकृत आ राष्ट्रीय अवुरी माध्यमिक शिक्षा अभियान के ओर से संचालित उत्क्रमित विद्यालय में अतिथि शिक्षक बहाली खाती पहिलही विभागीय स्तर से संकल्प जारी क दिहल गईल बा।
शिक्षा विभाग एकर तैयारी शुरू क देले बिया। अलग-अलग विषय में पढ़ाई-लिखाई सुसंचालन खाती राज्य भर में 4257 अतिथि शिक्षक के बहाली कईल जाई।
बिहार के माध्यमिक स्कूल में गणित, विज्ञान अवुरी अंग्रेजी जईसन महत्वपूर्ण विषय के शिक्षक के भारी कमी बा। बहुत स्कूल में त ए विषय के शिक्षक नईखन। अयीसना में सरकार अतिथि शिक्षक के माध्यम से कुछ हद तक कमी के दूर करे के फैसला लेलस। पहिला चरण में चार हजार शिक्षक के बहाली होई।
शिक्षा मंत्री कृष्णनंदन वर्मा के मुताबिक जरूरत होई त एकरा से अधिका अतिथि शिक्षक बहाल कईल जईहे। पुरनका अनुभवी शिक्षक अवुरी ए विषय के योग्य लोग के सरकार मौका दिही।
विभागीय सूत्र के मानल जाए त अतिथि शिक्षक के 1000 हजार रुपया प्रति कार्य दिवस आ महीना में अधिकतम 25 हजार रुपया पारिश्रमिक के भुगतान कईल जयए। बेरोजगार लईका-लईकिन के अतिथि शिक्षक के पद प मौका देवे के बात कहल जाता। एकरा खाती मान्यता प्राप्त कवनो विश्वविद्यालय से कम से कम 50 प्रतिशत अंक के संगे स्नातकोत्तर में पास आ एनसीटीइ अधिनियम लागू होखे से पहिले बीएड चाहे बीएड के डिग्री होखल जरूरी बतावल गईल बा।
बतावल जाता कि गणित, भौतिकी आ रसायन शास्त्र विषय में योग्य अभ्यर्थी के कमी होखे के हालत में बीटेक चाहे एमटेक योग्यताधारी अभ्यर्थी के भी मौका दिहल जाई। अभ्यर्थी के योग्यता 55 प्रतिशत अंक के संगे बीटेक चाहे एमटेक होखे के चाही।

UPTET news