पटना विश्वविद्यालय समेत बिहार के सभे
विश्वविद्यालय में छात्र संघ चुनाव खाती राष्टीय जतना दल(राजद) पूरा तरह
कमर कस लेले बिया। छात्र के समस्या खाती राजद सोमवार के पटना के गर्दनीबाग
में केंद्र सरकार अवुरी राज्य सरकार के नीति के खिलाफ धरना देलस।
ए धरना प्रदर्शन में राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा अवुरी पूर्व स्वास्थ्य मंत्री तेजप्रताप यादव आ राजद के प्रदेश अध्यक्ष रामचंद्र पूर्वे शामिल भईले। ए मौका प तेजप्रताप यादव मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प जोरदार निशाना सधले।
तेजप्रताप यादव कहले कि केंद्र अवुरी राज्य सरकार छात्र के भलाई के बात नईखे करत। मीडिया के माध्यम से सिर्फ झूठो वादा करतिया कि युवा के रोजगार मिली।
उ कहले कि छात्र से जुडल तमाम मुद्दा खाती राजद सड़क के माध्यम से लड़ाई लड़ के हक दिलाई। विश्वविद्यालय में लइकिन के संगे छेड़खानी के लगातार घटना होखता। शिक्षक के भारी कमी बा।
तेजप्रताप कहले कि लालू प्रसाद यादव के समय नीमन शिक्षक बहाल भईल रहले लेकिन नीतीश कुमार अयीसन शिक्षक के बहाल कइले जेकरा एबीसीडी तक नईखे आवत।
तेजप्रताप यादव कहले कि सरस्वती पूजा से उ छात्र चुनाव के तैयारी शुरु क देले बाड़े। अलग-अलग विश्वविद्यालय में कई उम्मीदार उतारल जा चुकल बा।
ए मौका प प्रदेश राजद अध्यक्ष रामचंद्र पूर्व कहले कि युवा नेता तेज प्रताप पूरा बिहार में कॉलेज छात्र के संगठित करे के काम करतारे। बिहार के सभे विश्वविद्यालय में छात्र राजद के जीत होई अवुरी हम एकरा खाती तेजप्रपात के धन्यवाद देतानी।
याद रहे कि छात्र आंदोलन से शुरुआत क के ही लालू प्रसाद यादव बिहार के राजनीति में ए ऊंचाई प पहुंचल बाड़े अवुरी अब उनुकर अनुस्पस्थिति में तेजप्रताप यादव छात्र राजद के कमान सम्हार लेले बाड़े।