बिहार के शिक्षा मंत्री कृष्णनंदन वर्मा मंगलवार
के विधानसभा में कहले कि शिक्षक नियुक्ति में वैधानिक कठिनाई बा। न्यायालय
में मामला लंबित बा। अगिला सुनवाई 12 जुलाई के होई। न्यायालय के फैसला आवे
तक विद्यालय में शिक्षक के नियुक्ति ना होखे पाई।
शिक्षा मंत्री विधानसभा में प्रश्नकाल के दौरान पूनम पासवान के ओर से कटिहार के कोढ़ा में स्कूल में शिक्षक के नियुक्ति प पूछल गईल एगो सवाल के जवाब देत कहले कि पठन-पाठन बाधित मत होखे एकरा खाती सरकार उहां शिक्षक के प्रतिनियुक्ति के प्रयास करी।
अवधेश कुमार सिंह वैशाली जिला के 900 मध्य विद्यालय में से कवनों विद्यालय में प्रधानाध्यापक ना होखे के मामला उठवले। एकरा जवाब में शिक्षा मंत्री कहले कि वैशाली के 417 स्कूल में प्रधानाध्यापक के नियुक्ति के जांच जिला प्रोन्नति समिति से मिलल बा।
मो. नेमतुल्लाह के ओर से उठावल गईल एगो मामला में शिक्षा मंत्री कहले कि जल्दिए बिहार राज्य मदरसा शिक्षा बोर्ड के पूर्ण रूप से गठित क लिहल जाई। नेमतुल्लाह कहले कि साल 2015 में बोर्ड के गठन त हो गईल लेकिन सिर्फ अध्यक्ष आ कुछ सदस्य मनोनीत भईले।
ललित कुमार यादव के ओर से पूछल गईल एगो सवाल के जवाब में शिक्षा मंत्री कृष्णनंदन वर्मा कहले कि दरभंगा जिला में नियोजित शिक्षक के प्रभारी प्रधानाध्यापक बना देवे के जांच क्षेत्रीय शिक्षा उपनिदेशक(आरडीडीई) करीहे।
संजीव चौरसिया के एगो सवाल के जवाब में कृषि मंत्री डा. प्रेम कुमार कहले कि 11 जिला में 1032.40 एकड़ में पान के फसल पछिला जनवरी में शीतलहर के चलते नुकसान हो गईल। एकरा से प्रभावित किसान के एक महिना में मुआवजा के भुगतान क दिहल जाई।