Advertisement

बिहार में एक सर्टिफिकेट प 14 लोग शिक्षक बनले, सरकार हरेक शिक्षक के दस्तावेज़ के जांच के आदेश देलस

शिक्षा अवुरी शिक्षक के मामला में बिहार में सरकार के दावा के पोल खोलत एगो मामला में एकही सर्टिफिकेट प 14 लोग शिक्षक के नोकरी करत धरईले, लेकिन ए सभ के बीच एगो लंबा समय बीत गईल। हालत अयीसन बा कि कथित तौर शिक्षक पात्रता परीक्षा (टीईटी) पास क के आइल कुछ लोग के टीईटी के विषय तक के जानकारी ना रहे।

संविदा के आधार प भईल ए बहाली में सबसे जरूरी टीईटी सर्टिफिकेट रहे लेकिन एहीजो घोटाला हो गईल। राज्य के नवादा जिला में 253 शिक्षक के नियोजन भईल जवना में 14-15 त एकही टीईटी सर्टिफिकेट प नोकरी पा गईले, जबकि एगो महिला के टीईटी सर्टिफिकेट प तीन महिला नोकरी करत धरईली।
हालांकि अभी तक साफ नईखे तमाम बड़े-बड़े दावा के बावजूद नवादा में एतना बड़ फर्जीवाडा कईसे अवुरी कवना हालत में भईल। सरकार ए मामला के जांच के आदेश दे देले बिया अवुरी एकरा खाती दोषी पदाधिकारी अवुरी कर्मचारी के पहचान करत ओ लोग के खिलाफ कानूनी कार्रवाई के तैयारी कईल जाता।
मामला के खुलासा तब भईल जब महिला के टीईटी सर्टिफिकेट प नोकरी करत बाकी दु महिला टीईटी के विषय ना बतावे पवली। नवादा के जिलाधिकारी हालत के देखत शिक्षा सचिव के 16 फरवरी के चिट्ठी लिख के जांच समेत उचित कार्रवाई करे के सिफ़ारिश कईले।
सरकार नवादा से मिलल अनुभव के आधार प अब अलग-अलग चरण में टीईटी सर्टिफिकेट के आधार प नियोजित भईल सभ शिक्षक के दस्तावेज़ के जांच के आदेश दे देले बिया।
शिक्षा सचिव आरएल चौंग्थू एगो आदेश जारी क राज्य के सभ जिलाधिकारी, जिला शिक्षा अधिकारी अवुरी डीपीओ के नियोजित शिक्षकन के सर्टिफिकेट के जांच करे के कहले बाड़े। 

UPTET news

Blogger templates