--> <!--Can't find substitution for tag [post.title]--> | The Bihar Teacher Times - बिहार शिक्षक नियोजन

LIVE : UPTET Result 2021

Breaking Posts

स्कूल के शिक्षक एगो छात्र के अपना हवस के शिकार बनवलस, अप्राकृतिक यौनाचार के आरोप में गिरफ्तार

अभी छपरा में भईल छात्रा संगे सामूहिक दुष्कर्म के मामला गरमे बा, एही बीच पूर्वी चंपारण से एगो अवुरी दिल दहला देवे वाली खबर मिल गईल। छपरा में जहां छात्रा संगे स्कूल के हेडमास्टर, शिक्षक अवुरी छात्र लगातार 6-7 महीना तक दुष्कर्म कईले, उहें पूर्वी चंपारण में शिक्षक के हवस के शिकार एगो अबोध छात्र बनल।

पूर्वी चंपारण के चकिया थाना क्षेत्र में बलोचक के प्राइमरी स्कूल के एगो शिक्षक प स्कूल के एगो छात्र अप्राकृतिक यौनाचार के आरोप लगवलस। छात्र के परिवार के दावा बा कि आरोपी शिक्षक छात्र के बहला-फुसुला के एकांत में ले गईल, जहां ओकरा संगे शारीरिक संबंध बनवलस।
घटना के दौरान छात्र के तबीयत खराब हो गईल त आरोपी शिक्षक ओकरा के डेरवा-धमका के घरे पहुंचा देलस। परिवार के लोग जब छात्र से ओकर तबीयत खराब होखे के कारण पुछले त छात्र समूचा बात उगिल देलस। बतावल जाता कि पीड़ित छात्र के उमर करीब 8-9 साल बाटे।
मामला के जानकारी मिलते गांव के लोग जमके हंगामा कईले अवुरी आरोपी शिक्षक के पकड़ के पीटे के प्रयास कईले। लेकिन, शिक्षक कसहूँ आपन जान बचा के भाग गईल।
चकिया थाना के पुलिस छात्र के पिता के आवेदन प शिक्षक के खिलाफ नामजद प्राथमिकी दर्ज करत आरोपी शिक्षक के गिरफ्तार क लेले बिया जबकि छात्र के इलाज खाती अस्पताल में भर्ती करवा दिहल बा। पुलिस के मुताबिक सोमवार के छात्र के मेडिकल जांच करावल जाई।
एह बीच शिक्षक के गिरफ्तार होखे के खबर मिलते गांव के लोग थाना पहुँचले अवुरी शिक्षक के भीड़ के हवाले करे के मांग करत जोरदार हंगामा कईले। हालांकि पुलिस के ओर से काड़ा कार्रवाई के आश्वासन मिलला के बाद लोग शांत हो गईले।

Popular Posts

'; (function() { var dsq = document.createElement('script'); dsq.type = 'text/javascript'; dsq.async = true; dsq.src = '//' + disqus_shortname + '.disqus.com/embed.js'; (document.getElementsByTagName('head')[0] || document.getElementsByTagName('body')[0]).appendChild(dsq); })();