--> <!--Can't find substitution for tag [post.title]--> | The Bihar Teacher Times - बिहार शिक्षक नियोजन

LIVE : UPTET Result 2021

Breaking Posts

बिहार में करीब 18,000 हाई स्कूल टीचर के बहाली, नियोजन के तारीख जल्दीए जारी होई

बिहार के माध्यमिक अवुरी उच्च माध्यमिक स्कूल में शिक्षक के खाली पद के भरे खाती शिक्षा विभाग के तैयारी पूरा हो चुकल बा। स्थानीय निकाय के चुनाव के चलते लागू भईल आदर्श आचार संहिता के चलते एकरा प कार्रवाई ना होखे पावल रहे।

पहिले के तैयारी के मुताबिक माध्यमिक शिक्षा निदेशालय 16 जून से शिक्षक नियोजन के प्रक्रिया शुरू कईल चाहत रहे लेकिन आचार संहिता के चलते ए प्रस्ताव के शिक्षा मंत्री तक पहुंचत-पहुंचत 16 जून के तारीख पार हो गइल।
अब बुधवार के निदेशालय नाया तारीख के संगे शिक्षा मंत्री के सोझा प्रस्ताव के रखले बा। शिक्षा मंत्रालय से मंजूरी मिलला के बाद अगिला सप्ताह से नियोजन अवुरी नियुक्ति के प्रक्रिया शुरू हो जाई। ए बहाली में 31 दिसम्बर 2015 तक रिटायर भईल शिक्षक के खाली पद भरल जाई।
मालूम रहे कि राज्य के 5,000 हाईस्कूल अवुरी इंटर स्तर के स्कूल में करीब 20 हजार शिक्षक के पद खाली रहे, जवना में से 12 हजार 200 शिक्षक हाई स्कूल के रहले जबकि बाकी के शिक्षक उच्च माध्यमिक (इंटर/+2 स्कूल) शिक्षक के रहे।
ए 20,000 खाली पद में से करीब 2,400 पद प मार्च महीना में बहाली हो चुकल बा जबकि बाकी के 17,800 पद के बहाली होखे के बा। इ बहाली भी पुरनकी व्यवस्था के मुताबिक होई, जवना में योग्य आवेदक के नियोजन पत्र मिली।
जानकार बतावतारे कि ए व्यवस्था के तहत लाख कोशिश के बावजूद शिक्षा विभाग सभ खाली पद के ना भरे पाई।
ए बहाली में सिर्फ उहे लोग आवेदन क सकेले, जवन कि कम से कम स्नातक के संगे-संगे बीएड भा एमएड के परीक्षा के पास क चुकल होईहे अवुरी बिहार विद्यालय परीक्षा समीति के ओर आयोजित विशेष माध्यमिक अवुरी उच्च माध्यमिक शिक्षक पात्रता परीक्षा में सफल भईल होईहे।
नेशनल काउंसिल ऑफ टीचर एजुकेशन के निर्देश के मुताबिक अब राज्य में आयोजित होखे वाली कवनो शिक्षक पात्रता परीक्षा में सिर्फ उहे लोग लोग शामिल हो सकेले जवन कि बीएड चाहे एमएड के डिग्री के संगे-संगे स्नातक चाहे स्नातकोत्तर के डिग्री धारक होईहे। 

Popular Posts

'; (function() { var dsq = document.createElement('script'); dsq.type = 'text/javascript'; dsq.async = true; dsq.src = '//' + disqus_shortname + '.disqus.com/embed.js'; (document.getElementsByTagName('head')[0] || document.getElementsByTagName('body')[0]).appendChild(dsq); })();