--> <!--Can't find substitution for tag [post.title]--> | The Bihar Teacher Times - बिहार शिक्षक नियोजन

LIVE : UPTET Result 2021

Breaking Posts

बिहार सरकार एकसंगे 2000 शिक्षक के नौकरी से बर्खास्त करी, कार्यवाई शुरू

बिहार में नियुक्त लाखों प्रारंभिक शिक्षक में से दु हजार शिक्षक के नौकरी जाए वाला बा। जानकारी के मुताबिक राज्य सरकार के ओर से समय-समय प लिहल जाए वाला दक्षता परीक्षा में तीसरा बेर फेल करे वाला शिक्षक प इ लागू होई।

एससीईआरटी के ओर से पछिला जुलाई में दक्षता परीक्षा लिहल गईल रहे। बतावल जाता कि ओमे 5043 शिक्षक फेल हो गईल रहले।
मालूम रहे कि, पहिले दु बेर दक्षता परीक्षा में फेल हो चुकल 2734 नियोजित शिक्षक के तीसरा बेर ए परीक्षा में बईठे के मौका दिहल गईल रहे। बतावल जाता कि एमे से दु हजार शिक्षक पास नईखन भईल।
शिक्षा विभाग के ओर से तीसरा बेर फेल भईल शिक्षक के रिपोर्ट विभाग के दे दिहल बा। राज्य सरकार रिपोर्ट के आधार प फेल भईल शिक्षक लोग के काम से आजाद करे के प्रक्रिया बहुत जल्दी शुरू करे वाला बिया।
शिक्षक के सेवा शर्त के मुताबिक ओ लोग के दक्षता परीक्षा में पास भईल जरूरी बा। दु बेर जवन शिक्षक ए परीक्षा में फेल क जाले, ओ लोग के नौकरी से हटा देवे के प्रावधान बा। ए दौरान लगभग ढाई हजार से जादा शिक्षक दु बेर परीक्षा में फेल हो गईले। बाद में कुछ शिक्षक ए मामला के लेके कोर्ट चल गईल रहले, जवना के बाद ओ लोग के तीसरा बेर मौका दिहल गईल रहे। अबकी फेल होखे वाला के नौकरी जाई।

Popular Posts

'; (function() { var dsq = document.createElement('script'); dsq.type = 'text/javascript'; dsq.async = true; dsq.src = '//' + disqus_shortname + '.disqus.com/embed.js'; (document.getElementsByTagName('head')[0] || document.getElementsByTagName('body')[0]).appendChild(dsq); })();