बिहार में अब विश्वविद्यालय सेवा आयोग के मदद से प्रोफेसर के बहाली होई

बिहार में विश्वविद्यालय शिक्षक के नियुक्ति सरकार विश्वविद्यालय सेवा आयोग के मदद से करी। 9000 शिक्षक के नियुक्ति प्रक्रिया में तेजी लयावे के मकसद से राज्य सरकार विश्वविद्यालय सेवा आयोग के गठन करी।

मंगलवार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अगुआई में भईल कैबिनेट के बईठक में ए बात प सहमति बनल। बिहार राज्य अवुरी पटना विश्वविद्यालय खाती अलग-अलग सेवा आयोग विधेयक विधानमंडल के चालू बजट सत्र में पेश होई।
विधानमंडल से विधेयक पारित भईला के बाद एकरा के राज्यपाल के सहमति खाती राजभवन भेजल जाई अवुरी फेर राज्यपाल के सहमति मिलते आयोग के गठन के प्रक्रिया शुरू क दिहल जाई।
बिहार में एहसे पहिले विश्वविद्यालय शिक्षक के नियुक्ति के प्रक्रिया बिहार लोक सेवा आयोग के मदद से होखत रहल बा। एकरा तहत वर्तमान में लगभग 3500 विश्वविद्यालय शिक्षक के नियुक्ति के प्रक्रिया चलता। एमे लगभग 700 शिक्षक के मेधा सूची बीपीएससी शिक्षा विभाग के भेज देले बा।
आंकड़ा के मुताबिक अभी राज्य के अलग-अलग विश्वविद्यालय अवुरी महाविद्यालय में 9000 अवुरी शिक्षक के जरूरत बा। शिक्षक के नियुक्ति तुरंत करे के मकसद से विश्वविद्यालय सेवा आयोग के गठन कईल जाता अवुरी उम्मेद बा कि सरकार नाया साल तक विश्वविद्यालय में शिक्षक के खाली पड़ल पद के भर दी।