; paras[X - 1].parentNode.insertBefore(ad1, paras[X]); } if (paras.length > X + 4) { var ad1 = document.createElement('div'); ad1.className = 'ad-auto-insert ad-first'; ad1.innerHTML = ` ; paras[X + 3].parentNode.insertBefore(ad2, paras[X + 4]); } if (isMobile && paras.length > X + 8) { var ad1 = document.createElement('div'); ad1.className = 'ad-auto-insert ad-first'; ad1.innerHTML = ` ; paras[X + 7].parentNode.insertBefore(ad3, paras[X + 8]); } });

Important Posts

Advertisement

अश्लील वीडियो के बल प छात्रा के ब्‍लैकमेल करेवाला शिक्षक के सरेआम पिटाई

बिहार के नालंदा शहर के एगो कोचिंग संचालक के ओर से छात्रा के अश्लील वीडियो बनाके ओकर यौन शोषण करे के मामला सोझा आईल।

जानकारी के मुताबिक, छात्रा एगो कोचिंग के संचालक प आरोप लगवली कि उ छात्रा के अश्लील वीडियो बना के ओकरा के ब्लैकमेल करत रहले।
मामला के खुलासा होखला के बाद स्थानीय लोग में भारी गुस्सा देखे के मिलता।
बतावल जाता कि, नालंदा शहर में कोचिंग चलावे वाला शिक्षक एगो छात्रा के अश्लील वीडियो बनाके ओकर यौन शोषण करत रहे।
शिक्षक के कारनामा के जानकारी जब शिक्षक के पत्नी के मिलल त उ शिक्षक के बेनकाब करे के ठान लिहली अवुरी ए वीडियो के सार्वजनिक क अपना पति के कारनामा के सभका सोझा लेआ दिहली।
सूचना के मुताबिक महिला अपना पति के घिनावन करतूत के सभके सोझा राखत ओकर सरेआम पिटाई भी कईली।
हालांकि, अभी तक ए मामला में कवनो पक्ष से पुलिस के कवनो सूचना नईखे दिहल गईल।
पुलिस के कहनाम बा कि जदी पीड़ित छात्रा चाहे शिक्षक के पत्नी शिकायत करीहे त मामला के जांच कईल जाई अवुरी दोषी के खिलाफ काड़ा कार्रवाई कईल जाई।

UPTET news